Posts

history of tajmahal

Image
ताज महल भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में, आगरा शहर में यमुना नदी के दक्खिनी किनारे पर मौजूद एक ठो सफ़ेद संगमरमर के मकबरा बाटे। मुग़ल बादशाह शाहजहाँ 1632 मे, ई मकबरा अपने प्रिय बेगम मुमताज महल खातिर बनववलें। शाहोजहाँ के कब्र एहिजे बा। एकर हाता 42 मे बा जेह मे ताजमहल संगे एगो महजिद, अतिथिगृह आ बगइचा बा। ताजमहल Taj-Mahal.jpg लोकेशन आगरा, उत्तर प्रदेश, भारत अक्षांस-देसांतर 27°10′30″N 78°02′31″E / 27.17500°N 78.04194°E ऊँचाई 73 मी (240 फीट) निर्माण 1632–53[1] आर्किटेक्ट उसताद अहमद लाहौरी आर्किटेक्चर इस्टाइल मुगल आर्किटेक्चर सांस्कृतिक: i संदर्भ 252 इंस्क्रिप्शन 1983 (7वाँ सेशन) एकर समाधि 1643 ए मे बन के तेयार हो गइल रहे, बाकिर अउरी सभ चीझ बनावे मे दस बरिस अउरी लागल। अइसन मानल जाला जे 1653 मे ई पूरा बनि गइल रहे, आ एकरा बनावे मे जवन खरचा आइल रहे ऊ ओह घड़ी के हिसाब से 3.2 करोड़ रोपेया रहे, जवन की 2020 मे 7000 करोड़ रोपेया के बरोबर बा। एकरा बनावे मे 20,000 मजूरा मिस्तीरी लोग काम कइले रहे। 1983 मे यूनेस्को एकरा बिस्व धरोहर स्थल घोसित कइलस। एकरा मुगल कला मे सभ से नीक नमुना मानल जाला। ...